निमिया
के डाढ़ मइया, लावेली हिंडोलवा कि झूली-झूमी
मइया
मोरी गावेली गीत कि झूली-झूमी
झुलत-झुलत
मइया के लगली पियसिया,
कि चली
भइली
मलहोरिया
अवास कि चलि भइली
सूतल
बाड़ू कि जागल ए मालिन, बून एक
मोहि
के पनिया पियाव कि बून एक
कइसे
में पनिया पियाईं ए सीतली मइया, मोरा
गोदे
दीहल
बलका तोहार कि मोरा गोदे
बलका
सुताव मालिन, सोने के खटोलवा कि बून एक
मोहि
के पनिया पियाव कि बून एक
एक
हाथे लेली मालिन झंझरा तमरूआ कि दूजे हाथे
सिंघासन
पाट कि दूजे हाथे
पनिया
त पियलू मइया, पाटे चढ़ि बइठ कि बोल मइया
ई
नगरिया कुलसात कि बोल मइया
सगरी
नगरिया मालिन, खेम कुसलतिया कि भल मालिन
अब
चाहींला तहार कि भल मालिन
जइसन ए
मालिन, हमें जुड़ववलू कि ओइसन
तोहर
धियवा जुड़ास कि ओइसन
धियवा
त बाड़ी मइया, आपन ससुररिया, पतोहिया
तोर
बाड़ी
आपन नइहरवा पतोहिया तोर
धियवा
जुड़ास मालिन, आपन ससुररिया, पतोहिया
तोर
अपना
नइहर जुड़ास, पतोहिया तोर...